Meaning of POSH in English
Meaning of POSH in English
Articles Related to ‘POSH’
- #lyrics कइसे बाकी के उमिरिया हम बितायी सजना..
तु त चली दिहल, केहु औरि के अपनायी सजना,
कइसे बाकी के उमिरिया हम बितायी सजना... ।
पोश - पाल बाड़ा कईले बाप - महतारी,
हाथे तोहरा सौप दिहले, आपन फुलवारी ।
ई कईसन वफा बाटे, छोड़ी दिहल साथ हो,
अग्नि के सात फेरा लिहल, धई हमार हाथ हो ।
दुनिया के लोग हममें कमी बतियाई...
ना साहायी सजना....
त सुनी , सुनी के करेजवा फाटी जाई सजना...
हम त जी लेहब कसहुँ, धूप चाहे छईंया,
बबुआ जे खोजी तोहके, बताव ना उपईया ।
तोहरा आ सवतीन के..साथ जब होई,
दिन रात रोइ अखिया, जागी ना सोई... ।
कुछउ ना सूझी बतिया, भीतरी से खाई..
मरी जाई सजना....
तोहरी साथी आ संगिनिया, मिट जाई सजना.. ।
तोहरा भिरी आईल उ बिया, देखी के रूपईया,
परदा पड़ल बा तोहरा आँखी, एहो मोरे सईया ।
जनब हक़ीक़त जहिया मीठी - मीठी बात के,
बाड़ नादान बुझ ....औरत के जात के .. ।
दिनवा जे ढली तनिका, हटी परछाई...
सगरी छुट जाई सजना....
बितली समईया कुछ ना ,भेटायी सजना....
कइसे बाकी के उमिरिया हम, बितायी सजना ।
Author Munna Prajapati #new #virals #lyricist #LyricChallenge #pawansingh #shilpiraj #GoluRaja #ankushrajaofficial #singer #singersongwriter #bhojpuri #khesari #pramodpremiofficial_
Note :- यदि आप इस गीत को व्यापारिक तौर पर रिलीज करना चाहते हैं तो कर सकते है परंतु हमारी अनुमति लेने के बाद । हमारी अनुमति अनिवार्य है । धन्यवाद 🙏
Browse Other Words By Clicking On Letters