#lyrics पिरीतिया लुटा गईल रे......
देखलस एतना सुनर चीज,
हाय रे मोरी अखियाँ...
बीच में चाँद ओकरा आजु बाजू
रहली ओकर सखियाँ...
खुशबु छिटाईल हवा इतरा गईल रे..
दिल, दिल से टकरा गईल रे....
ओकरे पs पिरीतिया लुटा गईल रे..
हम तs नादान इश्क़ चढ़ल परवान हो,
उनके अदा से हम तs भईनी जवान हो... २
लागे होठवा गुलाब, कजरारी अखियाँ,
चलावेले बान जान, हमरी मारी अखियाँ,
ओकरा चलले पs केतना ख़तरा भईल रे.....
दिल, दिल से टकरा गईल रे....
ओकरे पs पिरीतिया लुटा गईल रे.....
देखी सुघरायी हरिहर भईल मिजाज़ हो,
मन तs करता लव यू कह दिहिं आज हो.... २
बोले दिलवा ई का- का ,बातायी बतिया,
कटे दिनवा ना कईसे , बितायी रतिया,
ओकरा मुश्की पs केतना जातरा भईल रे....
दिल, दिल से टकरा गईल रे....
ओकरे पs पिरीतिया लुटा गईल रे..
~ मुन्ना प्रजापति
#post #virals #PostViral #love #shilpiraj #song #pawansingh999 #songlyrics #songwriter #bhojpuri #bhojpuri_song
नोट : यदि आप इस गीत को व्यापारिक तौर पर रिकॉर्ड करके रिलीज करना चाहते हैं तो कर सकते हैं परंतु हमारी अनुमति लेने के बाद, हमारी अनुमति अनिवार्य है । धन्यवाद🙏 +९१७८९७८६८६२५