#lyrics #bhojpuri ना बा केहु आपन एह जग मे....
ना बा एह जग मे केहु आपन,
अब कहीं सब से... २
सगा रहल उ जवन कईलस
दगा हमसे... ..
ना बा एह जग मे केहु आपन,
अब कहीं सब से.... २
धईं जज्बात हामार हाथ, उ शाजिश कईलस,
मारे ला हामारा जिनगी मे, उहे विष धयिलस... २
दिल के हर बात हम
कहत रहीं ओहसे... ..
ना बा एह जग मे केहु आपन
अब कहीं सब से... २
सब रिश्ता खाली नाम के अब रह गईल बाटे,
लोगवा अस मतलबी हो गइल बाटे... २
सुख मे पईनी दुख मे केहु
लोर ना पोछल् जबसे....
ना बा एह जग मे केहु आपन
अब कहीं सब से.... २
करिह खेआल कबो पयीबs अपने,
कवनो अन बन मे,
जीत जईबs दुनिया बाकी, हरबs
अपनन से.... २
सब लगाव इहवा बाटे रचित
पइसे से....
ना बा एह जग मे केहु आपन,
अब कहीं सब से.... २
~ मुन्ना प्रजापति
#virals #PostViral #feeling #love . #life #motivation #sadness #pawansingh999 #songwriter #song
नोट : यदि आप इस गीत को व्यापारिक तौर पर रिकॉर्ड करके रिलीज करना चाहते हैं तो कर सकते हैं परंतु हमारी अनुमति लेने के बाद, हमारी अनुमति अनिवार्य है । धन्यवाद🙏 +९१७८९७८६८६२५