#lyrics #bhojpuri इंसानियत कहीं खो गईल बा..
M-F- इंसानियत के नजर अब ,कहीं खो गईल बा.. २
झूठे हs बतिया सगरो, सही हो गईल बा.. २
इंसानियत के नजर अब, कहीं खो गईल बा... २
M-F- हो..डरे ला जियरा अखिया, देखे उ हालात के,
आपसे मे लड़ी बही ,लहू बिना बात के.... २
M- समझ में समझदारी के, कमी हो गईल बा... २
F-M- झूठे हs बतिया सगरो, सही हो गईल बा...
इंसानियत के नजर अब, कहीं खो गईल बा... २
F-M- हो..उजड़ जाई खोता तोता, रोई लेके राम के,
करमे हs पूजा तs सोचs, केके होई भगवान् के... २
F- लागल नजरिये प परदा सबके, भरम हो गईल बा... २
M-F- झूठे हs बतिया सगरो, सही हो गईल बा...
इंसानियत के नजर अब, कहीं खो गईल बा... २
M-F-शौदागर ना जाने के हs ,आपन के पराया,
मुनाफे के खातीर धरम, जात के बनाया.. २
M- रहम ना रहल दिल मे, बेरहम हो गईल बा... २
F-M- झूठे हs बतिया रचित, सही हो गईल बा...
इंसानियत के नजर अब, कहीं खो गईल बा... २
~ मुन्ना प्रजापति
#poetry #life #virals #feeling #PostViral #song #songwriter #songlyrics #pawansingh999
नोट : यदि आप इस गीत को व्यापारिक तौर पर रिकॉर्ड करके रिलीज करना चाहते हैं तो कर सकते है परंतु हमारी अनुमति लेने के बाद, हमारी अनुमति अनिवार्य है । धन्यवाद🙏