#lyrics #bhojpuri हमके हो गईल बा प्यार...
M- एतना सुनर लागे ई संसार,
बसा लिहलस चेहरा केहुके, अखिया हामार... २
लागता अईसे की हमके,हो गईल बा प्यार... २
F- खिलल बदन चेहरा चमके हामार,
एसे पहिले नाहीं अईसन आईल निखार... २
लागता अईसे की हमके, हो गईल बा प्यार.... २
M -अखियन मे आपना छुपा लिहि तोहके,
दिलवा के धड़कन बाना लिहि तोहके..... २
बा जियरा बेचैन केतना, भइल बा लाचार.....
लागता अईसे की हमके, हो गईल बा प्यार...
F- सापाना साजाके तोहे आपन बानाके,
रख लीहनी सजना तोहे दिल मे छूपाके... २
दिल के बगिया मे तs, हो गईल बा बाहार....
लागता अईसे की हमके, हो गईल बा प्यार....
M- सुतलों मे अखिया जागल रहता,
सब कुछ भूल के उनके पीछे भागल रहता.... २
सोचतानी करीं कबो, उनका से इजहार....
लागता अईसे की हमके, हो गईल बा प्यार...
F- सोची सोची मन भितरे गुदगुदाता,
ना जियल जाईं उनका बिन अईसन बुझाता.... २
तनिका ना हमके ,ई रोग हो गईल बेसुमार....
लागता अईसे की हमके, हो गईल बा प्यार...
साचो हो गईल बा प्यार... हा.. हा.. हा.....
~ मुन्ना प्रजापति
#song #writing #songlyrics #songwriter #post #PostViral #writer #pawansingh999 #bhojpuriviral
नोट : यदि आप इस गीत को व्यापारिक तौर पर रिकॉर्ड करके रिलीज करना चाहते हैं तो कर सकतें हैं परंतु हमारी अनुमति लेने के बाद, हमारी अनुमति अनिवार्य है । धन्यवाद🙏 +९१७८९७८६८६२५